विश्व भोजपुरी सम्मेलन के गाजियाबाद इकाई का शपथग्रहण समारोह




विश्व भोजपुरी सम्मेलन के गाजियाबाद इकाई क शपथग्रहण समारोह आज आर डी मिमोरियल पब्लिक स्कूल मे आयोजित भइल । समारोह के शुरुवातमे उपस्थित अतिथि लोग माँ सरस्वती की प्रतिमा केमाल्यार्पण के संगही दियरीप्रज्वलित क के आजु के समारोह क शुरुवात कइलन । ओकरे बाद समारोह मे आइल लोक गायक श्री ओझा जी सरस्वती माई के सम्मान मे एगो भोजपुरी लोकगीत प्रस्तुत कइलन । ओकरे बादसमारोह के अध्यक्ष कृष्णा इंजीनियरिंग कालेज क डाइरेक्टर डॉ संदीप तिवारी जी श्री अशोक श्रीवास्तव जी के अध्यक्ष आउर जे पी द्विवेदी के महासचिव के संगे कुल 21 गोंपदाधिकारियनके उनके दायित्व क शपथ दिलववलन। World Bhojpuri Conference

किताब क रचाइल आ ओकरलोकार्पण लोमहर्षक लागेला World Bhojpuri Conference

ओह घरी शपथ ग्रहण समारोह मे मुख्य अतिथि श्री मनोज भावुक , पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के चेयरमैन श्री केदार नाथ तिवारी ,मैं भारत हूँ” की सह संपादिका श्रीमति पुष्पा सिंह बिसेन , विश्व भोजपुरी सम्मेलन केदिल्ली प्रदेश अध्यक्ष श्री विनय मणि त्रिपाठी एवं राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री अजीतदुबे जी के प्रतिनिधि के रूप मे आइल श्रीअरविंद दुबे जी उपस्थित रहलें । ओकरे बादगाजियाबाद मे दूसरी बेर जयशंकर प्रसाद द्विवेदी के भोजपुरी गीत संग्रह “जबरी पहुना भइल जिनगी” के लोकार्पण भइल। गाजियाबाद के धरती जवन हिन्दी साहित्य के समुन्द्र बा , उहाँकवनो भोजपुरी किताब क रचाइल आ ओकरलोकार्पण लोमहर्षक लागेला । पछिले दू बरीस मे ई दूसरकी भोजपुरी किताब केलोकार्पण बा ।

केजिजीविषा आउर अझुरहट से मिलवा देत बिया । World Bhojpuri Conference

मनोज भावुक जी नेविश्व भोजपुरी सम्मेलन के 1995 से लेके अभी तक के सफर पर सिल सिलेवार ढंग सेप्रकाश डललें। चूंकि मनोज भावुक जी दिल्लीइकाई आउरइंग्लैंडइकाई के अध्यक्ष रह चुकल बाड़ें आउर मारिशस मे भइल अंतराष्ट्रीय महोत्सव मेसिरकतोकइले बाड़ें , एही सेउ सम्मेलन के बाहर आउर भीतर , देश आउर विदेश के कूल्हि पक्षन पर बेबाकी से आपन बात रखलें ।

भोजपुरी गीत संग्रह “जबरी पहुना भइल जिनगी”पुस्तक के नांव के जिकिर करत कवि भावुक ने कहलें “ ई नांव ही अपने आप मे एगो सोगहग कविता बा आउरकबीर वाणी के तरे संकेते मे जिंदगी केजिजीविषा आउर अझुरहट से मिलवा देत बिया । जिनगी पहुना बाटे आउर पहुना केएक न एक दिन जाही के पड़ेला। इहे जिनगी के सच्चाई बा । लोकार्पण पर उ एहकिताब के कवि जयशंकर प्रसाद द्विवेदी केशुभकामना दीहने आउर कहने कि “आज जहां हर केहू बेटा बेटी , रोजी रोजगार, कोट कचहरी मे अझुराइल बा उहवेंसाले भीतर दू दू गो किताब के सृजन कवि के साहित्य के प्रति अनुराग आउर लेखन केप्रति निष्ठा के दर्शावत बा” ।

बेईमान लोग उपवास रखते है मैं तो ईमानदार हूँ : शत्रुघ्न सिन्हा

समारोहका अंतिम सत्र भोजपुरी कवि गोष्ठी के नाम रहल । वहाँ आइल करीब दर्जन भर कविलोग आपन आपन भोजपुरी गीत आउर कविता से कूल्हि श्रोता लोग के भाव विभोर क दीहने। सुनील सिन्हा जहवां अपनेभोजपुरी कविता “माटी के देहिया ” से लोगन के सोचे पर मजबूर कइलें , ओहिंजे फरीदाबादसे आइल भोजपुरी कवि श्री तरकेश्वर रायअपने कविता से भोजपुरी भाषा के मान्यता केअलख जगवलें । अशोक श्रीवास्तव जी अपने गीत से खूब तालियाँ बटोरलें । जे पीद्विवेदी अपने व्यंग कविता “बनल रहे भौकालबकैती” से लोगन के चेहरे पर मुस्कान बिखेरे मे कामयाब रहलें । मुख्य अतिथि श्रीमनोज भावुक अपने भोजपुरी गीत से लोगन के मंत्रमुग्ध क दीहने । समारोह केअध्यक्षता करत डॉ संदीप तिवारी जीअपने सम्बोधन मे पूर्वञ्चल के भाषा , संस्कृति आउर संस्कार पर बोलत बेर ओकरे जरूरत आउर ओकरा केसंभार के राखे के बात कहने । उहाँ उपस्थित कूल्हि अतिथि लोग इकाई के गठन पर बधाई आउर शुभकामना दीहने ।धन्यवाद ज्ञापन श्री केदार नाथ तिवारी जी कइलें आउर मंच संचालक के रूप मेकैप्टन आपन भूमिका नीमन से निभवलें ।

तेज़ धुप में फेस टेनिंग से कैसे बचें | Beauty tips | कालेपन का नुस्खा

( लाल बिहारी लाल )

एक क्लिक में पाइए देश के बाकी सभी हिस्सों सहित भोजपुरी  समाचार (Bhojpuri News  In Hindi) सबसे पहले Mobilenews24.com पर। Mobilenews24.com से हिंदी समाचार (Hindi News) और अपने मोबाइल पर न्यूज़ पाने के लिए हमारा मोबाइल एप्लीकेशन डाउनलोड करने के लिए इस ब्लू लिंक पर क्लिक करें Mobilenews24.com App और रहें हर खबर से अपडेट।

Bhojpuri New से जुड़े हर ताज़ा अपडेट पाने के लिए Mobilenews24.com के फ़ेसबुक पेज को लाइक करें।